Raja Kala Sari Laiha Kamar Me Chhip Ja Mp3 Song Download
Play Or Download Here
Raja Kala Sari Laiha Kamar Me Chhip Ja Lyrics
ऐ राजा
का हो
आ कहाँ जा तारs
बाजारे जा तानी हो
एगो बात बोली
कहs ना
आ हमार जिनगी तs जंजाल हो
....ऐ राजा
का हो
आ कहाँ जा तारs
बाजारे जा तानी हो
एगो बात बोली
कहs ना
आ हमार जिनगी तs जंजाल हो गईल बा हो
काहे हो
नईहरवो में दिक्कत होता आ ससुरवो में
आ बाजारे जा तारs नु तs जवन माँगब तवन ले अईहs
हs हो बोलs का चाहि हो
सुन
राजा काला साड़ी लईहs कमर में छिप जाए
राजा काला साड़ी लईहs कमर में छिप जाए
राजा काला साड़ी लईह
हो राजा काला साड़ी लईहs कमर में छिप जाए
राजा काला साड़ी लई
तुहु तs बड़ बाड़ू हो
कबो कहेलु की लाल लिपस्टिक लियावs
आ अभी कहतारु की करिया साड़ी लियावs
आ नईहर ससुरा तs जरते बा हो
तुहु जरतारs का
ओहिजा रहनी तs हमरा भउजी से ना देखल जात रहे
आ एहिजा बानी तs तहरा भउजी के नईखे देखल जात
हs
का भईल हो
आपन वृतांत बतावs
नईहर में पहिनी भउजी हमरी बरजे
नईहर में पहिनी
ऐ ऐ ऐ ..
ऐ ..
नईहर में पहिनी भउजी हमरी बरजे
नईहर में पहिनी भउजी हमरी बरजे
हो ओ ओ ..
साड़ी ससुरा में हां रे
साड़ी ससुरा में पहिनी गोतीनिया जरी जाये
राजा काला साड़ी लईहs कमर में छिप जाए
राजा काला साड़ी लईहs
देयादिन तs देयादिन हs तहार माईयो कम नईखी नs
उ तs अउरी कुफुत कईले बाड़ी हो
तू अपना माई के कहs हो
हमरा माई के मत कहs हो
नईहर में पहिनी माई रे मोर बरजे
नईहर में पहिनी
ऐ ऐ ऐ ..
ऐ ..
नईहर में पहिनी माई रे मोर बरजे
नईहर में पहिनी माई रे मोर बरजे
हो ओ ओ ..
साड़ी ससुरा में हां रे
साड़ी ससुरा में पहिनी ससुईया जरी जाये
राजा काला साड़ी लईहs कमर में छिप जाए
राजा काला साड़ी लईहs
तहरा बहिन के का खिसा सुनाई हो
उ तs अउरी वी.आई.पी. बिया
का भईल हो
ओने हमार बहिन मुँह चमका के लड़त रहे
आ एने तहार बहिन थपरी बजा के लड़तिया हो
आ हमार बचिया जाये दs !
नईहर में पहिनी बहिन हमरी बरजे
नईहर में पहिनी
ऐ ऐ ऐ ..
ऐ ..
नईहर में पहिनी बहिन हमरी बरजे
नईहर में पहिनी बहिन हमरी बरजे
हो ओ ओ ..
साड़ी ससुरा में हां रे
साड़ी ससुरा में पहिनी ननदिया जरी जाये
राजा काला साड़ी लईहs कमर में छिप जाए
राजा काला साड़ी लईह
कमर में छिप जाए राजा काला साड़ी लईहs